Pages

Monday, May 2, 2011

एके कोखी बेटा जन्मे एके कोखी बेटिया


एके कोखी बेटा जन्मे एके कोखी बेटिया
दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी
दू रंग नीतिया

बेटा के जनम में त सोहर गवईल अरे सोहर गवईल
हमार बेरिया, काहे मातम मनईल हमार बेरिया

दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी
दू रंग नीतिया

बेटा के खेलाबेला त मोटर मंगईल अरे मोटर मंगईल
हमार बेरिया, काहे सुपली मऊनीया हमार बेरिया

दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी
दू रंग नीतिया

बेटा के पढ़ाबेला स्कूलिया पठईल अरे स्कूलिया पठईल
हमार बेरिया, काहे चूल्हा फूँकवईल हमार बेरिया

दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी
दू रंग नीतिया

बेटा के बिआह में त पगड़ी पहिरल अरे पगड़ी पहिरल
हमार बेरिया, काहे पगड़ी उतारल हमार बेरिया

दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी
दू रंग नीतिया

एके कोखी बेटा जन्मे एके कोखी बेटिया
दू रंग नीतिया
काहे कईल हो बाबू जी दू रंग नीतिया

अज्ञात  

शब्दार्थ:
  1. कोखी - कोख से पैदा
  2. दू रंग नीतिया - दुरंगी नीति
  3. काहे कईल - क्यों किया
  4. सोहर गवईल - सोहर गीत गवाए
  5. हमार बेरिया -  हमारी बारी में
  6. खेलाबेला - खेलने के लिए
  7. सुपली मऊनीया - सूप और डलिया
  8. पढ़ाबेला - पढ़ाने के लिए
  9. स्कूलिया पठईल - स्कूल भेजा
  10. पगड़ी पहिरल - पगड़ी पहनी
  11. पगड़ी उतारल - पगड़ी उतारी


No comments:

Post a Comment